नवका साल के नामे चिट्ठी
प्रिय नवका साल
लोग सबेरे से कहे शुरु कइलन की हैप्पी न्यू ईयर , अब हम उनके का बताईं की हैप्पी त लोग तब होखेला जब अपना साथ कुछ बढ़िया होखे ला , हम का बताई खाली भर , बरिस के पीछे क अंक बदले पर एतना हल्ला मचत बा - की का बताईं , इ खाली बाजार आ टीबी अउर व्हाट्स अप्प विश्व विद्यालय क फइलावल रायता ह , सरकार के भी फायदा बा -लोग कई अरब के त मदिरा पी जात बा जे दारु नईखे पियत उ त कुजात लेखा हो जात बा |
लेकिन हमार बीतल बरिस से बहुते शिकायत बा , बहुत जल्दी बीत गईल , हम त इ कहब की हे बीतल बरिस तू नवका साल आ ओकरी संगे समय से मिलिहा त हमार अरज जरुर कहिहा की एह बेर क जल्दी से मत बीतिहा , कई काम अधूरा रह गईल , अब दोस्त भी बात करत - करत कब ज़िम्मेदारी आ बिजिनेश बतियावे लागलन समझ में ना आवेला | एह बेरी दोस्तन की साथ खूब देरी तक बइठे के बा , खेत घूमे के बा , बहुत सपना अइसन बा जेवना के नींव रखे के बा , नया साल से बहुते उम्मीद बा , पुरनका साल के एह अरज के साथ अलविदा की जेवन भूल -चूक
भइल होई ओहके, ओइसही भुला जइहा , जइसे कैलेण्डर बदलते लोग तोहरा के भुला जाला | नया साल से हमरी कमी -बेसी क जिक्र जरुर करिहा ताकि उ हमके सुधारे आ सपना पुरा करे पर समय खर्च करे ....
आगे बात त बहुते बा लेकिन केतना लिखि ? पत्र पवते पत्र लिखिहा , तोहार " दी धरती पुत्र "

Comments
Post a Comment