ससुराल की बखान एक ब्याहता बेटी जब अपने पीहर लौटती है , तो सभी भेंटहारन धीरे -धीरे अपने घर को चली जाती हैं, मां पास में बैठी होती है और पूछती है, बोल बिटिया ससुराल में सब केईसन बा... तो बिटिया अपनी माँ की जिज्ञासा का शमन गेय भोजपुरी संवाद में करती है....(यह संवाद उस समय का है जब मां और बिटिया के पास फोन नहीं था ) “अपनै अपन करीं केतनी बखान हो, सासु मोरी धरती, ससुर असमान हो। “जेठउत त हमरे ससुर के दुलरुआ, गंगा अस निरमल हमरी जेठान हो।” “लहुरा देवरूआ हमरी अँखिया के पुतरी, सासु जी के अँचरा के कोनवां परान हो।” “ननदी हमार पुनवासी के अँजोरिया, सईंया मोर उगें जइसे सुरुज बिहान हो।” “नइहर मोरा जइसे जल भर बदरा, मोरे ससुरे वइसे लहरै सीवान हो।” प्रथम पंक्ति में लड़की कहती है कि मैं अपने से अपना वर्ण कैसे करूं ... और आगे कहती है की मेरी सासू माँ तो इतनी धैर्यवान है , जितना धरती , पृथ्वी इतना विशाल ह्रदय और धैर्य वाली हैं, मेरी सासू माँ | ससुर जी का वर्णन करते हुए कहती है कि मेरे ससुर जी तो आकाश की तरह विशाल...
नवका साल के नामे चिट्ठी प्रिय नवका साल सादर प्रणाम का हो साल तू केतना जल्दी बीत गईला कुछ समझ में ना आइल लोग कहत रहलन की साल दर साल उमर बढ़त गईल लेकिन , हम त कहत बानी की उमर बढ़ल त ना घट गईल , बाकि प्रकृति क नियम ह की क्षतिपूर्ति जरुर करे ले उमर त घटल बाकि अनुभव बढ़ गईल | लोगन के चेहरा पढ़े क हुनर भी मिलल , कुछ लोग कहलन की तू बदल गईला हमके त न बुझाइल की हम बदल गइनी लेकीन ह , इ जरुर कहब की समय की बदलत नब्ज़ के हम ना नकार पवनी आ , दायित्व निभावे में हम एइसन अंझुरा गइनी की बदलाव समझे ही ना पवनी आ धीरे -धीरे बाल आ खाल के रंग भी बदले लागल | लेकिन ,समय अइसन मुट्ठी से सरकल की कुछ समझे ना आइल | लोग सबेरे से कहे शुरु कइलन की हैप्पी न्यू ईयर , अब हम उनके का बताईं की हैप्पी त लोग तब होखेला जब अपना साथ कुछ बढ़िया होखे ला , हम का बताई खाली भर , बरिस के पीछे क अंक बदले पर एतना हल्ला मचत बा - की का बताईं , इ खाली बाजार आ टीबी अउर व्हाट्स अप्प विश्व विद्यालय क फइलावल रायता ह , सरकार के भी फायदा बा -लोग कई अरब के त मदिरा पी जात बा...